पर्यावरण संरक्षण 50k LPWw SsFf ep Nn
पर्यावरण संरक्षण (Environmental protection) ब्याक्तिगत, संस्था के स्तर पर या सरकार के स्तर पर प्राकृतिक पर्यावरण के मूल रूप के सुरक्षित रखे के कोसिस हवे जवना से कि पर्यावरण के भी नोकसान न पहुँचे आ मनुष्य के भी लाभ होखे। मानव जनसंख्या के अधिक बढ़ जाए के कारण पर्यावरण से मिले वाला संसाधन सभ पर भारी दबाव के चलते आज इनहन के कमी होत जा रहल बा आ पर्यावरण के गुणवत्ता में गिरावट देखल जा रहल बा। अइसन पर्यावरणी मुद्दा सभ से निपटे के एक उपाय में पर्यावरण संरक्षण भी बा। सरकार सभ एही कारण कई अइसन मानवीय गतिबिधि सभ पर रोक लगावे लीं जिनहन से पर्यावरण के गिरावट हो रहल होखे।
इहो देखल जाय[संपादन]
- पर्यावरणी मुद्दा
- पर्यावरण
| ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |